सासू ननदिया मिलि के कइली ह झगड़वा पिया लेके अलगा रहब।
ननदी के बोलिया ना सोहाय पिया लेके अलगा रहब।
कोठा अटारी हमरा मनहूँ ना भावे पिया ले के अलगा रहब।
टूटहीं मड़ईया बा हमार पिया ले के अलगा रहब।
पूरी मिठाई हमारा मनहूँ ना भावे पिया ले के अलगा रहब।
सतुआ आ भूँजा बा हमार पिया ले के अलगा रहब।
तोशक तकिया हमरा मनहूँ ना भावे पिया ले के अलगा रहब।
टूटही चटइया बा हमार पिया ले के अलगा रहब।
गोवेलें महेन्दर मिसिर इहो रे पुरूबिया पिया ले के अलगा रहब।
लागल बाटे आसरा तोहार पिया ले के अलगा रहब।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *