मोरा उमके जोबनवाँ सजनवाँ नादान।
निहुरी-निहुरी हम अँगना बहरली से देवरा निगोरा निरखे साँझ ओ बिहान।
कोइली के बोली मोरा तनिको ना भावेला बिरहा सतावे मारे जियरा में बान।
सासु के चोरी-चोरी सुतलीं अंगनवाँ से जागते में सखीया होखेला विहान।
नइहर के इयारी मोरा बाबा छोड़वले महेन्दर निहार अब तो जात बा परान।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *