फूल तूड़े गइनीं राम राजा जी के बगिया
बनवारी हो मिली गइलें राजा के कुमार।
साँवली सुरतिया रामा मोहनी मुरतिया
बनवारी हो लागि गइलें नैना के कटार।
एक डर लागे मोहे सास ननद के
बनवारी हो सइयाँ मारी मूंगरी के मार।
तोहरी पिरीतिया रामा जिया से ना भूले
बनवारी हो चाहे जिउआ रहे चाहे जाय।
कहत महेन्दर मोरा जिया के लोभवलें बनवारी हो,
हंसी करे गँउआ जवार।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *