गोकुला नगरिया में बाजेला बधइया हाय रे सँवरियों लाल।
जनमे लें नंद के कुमार हाय रे सँवरिया लाल।
जसोदा लुटावे राम अनधन सोनवाँ हाय रे साँवरियो लाल।
नंद जी लुटावे धेनु गाय हाय रे सँवरियो लल।
बंसहा चढ़ल आवे भोला अड़भंगी हाय रे सँवरियो लाल।
ब्रह्मा जी सुनावे वेद चार हाय रे हाय रे सँवरियो लाल।
कोठा चढ़ि सुरूज झाँके अँगना में चंदा हाय रे सँवरियो लाल।
निरखे महेन्द्र इहो नंद के ललनवाँ हाय रे सँवरियो लाल।
भरि गइलें राजा के दुआर हाय रे सँवरियो लाल।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *