एसो के सवनवाँ जोबनवाँ रहि-रहि उमकेला
घटा गरजेला घन घोर देवरा जोगिया
कारे-कारे बदरा हरि से कहिहऽ मोर सनेसवा
जोबना करेला तन जोर देवरा जोगिया।
आधी-आधी रतिया रामा बोलेला पपीहरा
जियरा ना माने अब त मोर देवरा जोगिया।
कहत महेन्द्र मोहन गइलें कवना देसवा
तारा गिनत होला भोर देवरा जोगिया।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *