कर जोरी पूछेली जात के भीलीनियाँ से
हमरा के छोड़िके कहाँ जइबऽ हो लाल।
बटिया जोहत मोर अंखिया पिरइली से
एकटक लागेला नजरिया हो ला।
भूलिहों ना राम जी कबहीं तोरी सुरतिया से
भूलिहें ना कोमल चरनियाँ हो लाल।
लाज मोरा लागे राम जी जात के भीलिनिया से
कइसे के भइलें पहुनइया हो लाल।
कहत महेन्द्र राम जी भगती के भूखल से
सेवरी का साँचे मिलि गइलें हो लाल।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *