सूतल सेजरिया सखी देखेली सपनवाँ
निरमोही कान्हा बंसिया बजावेला हो लाल।
सब सखी मिली जुली गावेली कजरिया
से राधारानी झुलुआ झुलावेली हो लाल।
जमुना किनारवा जमुनवाँ के गछिया
चितचोर कान्हा मतिया भोरावेलें हो लाल।
कहत महेन्द्र श्याम भइले निरमोहिया
से नेहिया लगाइ इगा कइले हो लाल।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *