मिथिला नगरिया में अइलन दूनू भइया,
खबरिया सगरो भइलें हो राम। खबरिया…..
हाथ में धेनुहिया सोभे माथे पर झुलुफिया,
लिलरिया उनकर चमके हो राम। लिलरिया…..
चारों ओर फिरि गइलें राम के दोहइया,
नगरिया अजबे लागे हो राम। नगरिया…..
सीया सरमाई गइली पूछे सभ सखिया,
दूलहवा कइसन लागे हो राम। दूलहवा…..
मोहे महेन्दर सिया मधुरी बचनियाँ,
सनेहिया हमरो लागे हो राम। सनेहिया…..

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *