छछकल नदिया ए ऊधोजी बहेली बड़ी जोर।
जहिया से गइलें कन्हइया सुधियो ना लिहलें मोर। छछकल नदिया।
जो तुहूँ जइब ए उधो बाबा मथुरा नगरिया के ओर।
गँउआ नगरिया से पूछिहऽ कि कहाँ गइलें नन्द किशोर। छछकल नदिया।
जब-जब बोले कोइलिया बनवाँ में नाचेला मोर।
विरहा के अगिया ए ऊधो बाबा, सालेला करेजवा मोर। छछकल नदिया।
कहत महेन्दर ए ऊधो बाबा सूखि गइलें अँखियाँ के लोर।
तारा गिनत रे गिनत में कबदू ना हो गइलें भोर। छछकल नदिया।

By shayar

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *